Dec 20, 2021

आदमी के मौत

रात बाटे
त रहे दी
जे नइखे जागत,
सजग होके नइखे भागत
सहता आजुओ
त सहे दी।
जियरा के उदास मत करीं ,
जीयते रउरो मत मरीं
ना त
आदमी के मुअल चाम
कवनों कामे ना आई ,
स्थिति अइसने बनल रही त
आदमी आदमीए के खाई।
अगर मरहीं के बा
त कुछ अइसन क के मर जाईं
कि भाग पराये अन्हरिया
अँजोर अइसन बन के जर जाई।
तब रात, रात ना रही
हारे वाला कवनो बात ना रही।
----------------
- केशव मोहन पाण्डेय 20,12.2013

No comments:

Post a Comment